**मोबाइल पब-जी गेम** बबुआ हो गईले सयान , करत नईखन तनिको काम, फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला। , आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला ।। धईलस अईसन ई बेमारी, खाईल-पीयल निक ना लागी, आगा -पीछा कुछ ना लउके, बाबूजी बोले चाहें महतारी, माई- बाबू के बोलिया उनका कांट लागेला। फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।। आईल कईसन ई जमाना, मोबाइल के भईल बा दिवाना, केहू खेले पबजी, केहू टिकटाक प गावे गाना, लागता जईसे सगरो भेड़ियाधासान होखेला। फोनवे प दिन-भर पब-जी गेम खेलेला , आपन जिनींगी के गाड़ी उ डी-रेल करेला।। **नवीन कुमार पाठक ** #पबजी गेम#